#Bhojpuri #BhojpuriLanguage #BhojpuriBhasha #Bhojpuri2023 #Bhojpuri2024
सबसे पहिले त आखर परिवार, भोजपुरी भाषा आ साहित्य में किताबिन के माध्यम से भोजपुरी भाषा के प्रचार प्रसार करे वाला एह हर प्रकाशन आ लेखक, रचनाकार आ पाठक लोगन के धन्यवाद दे रहल बा ।
सुनील कुमार पाठक जी, भोजपुरी भाषा साहित्य जगत में बड़ा बरिआर नाव हईं, समीक्षा, आलोचना, समालोचना खातिर इहां के नाव जानल जाला । भोजपुरी में पहिला हाइकु संग्रह के श्रेय इहें के जाला । 2023 मे भोजपुरी के 56 गो किताबिन के सूची इहें के बनवले बानी आ आखर परिवार के निहोरा के बाद एह सूची के बनावे के पाछे के उद्देश्य आ संगे संगे 2023 में भोजपुरी भाषा के साहित्यिक स्थिति प एह विडियो के बनवनी ह ।
रउवा सभ सुनील कुमार पाठक जी से उहां के फेसबुक प्रोफाइल प जुड़ के भोजपुरी भाषा आ साहित्य के बारे में लगातार जानकारी ले सकेनी ।
फेसबुक (सुनील कुमार पाठक) - / sunil.k.pathak.7
एह विडियो के बनावे आ उपर दिहल जानकारी के लिखे में कवनो गलती होखे त क्षमा मांगत सुधार के गुंजाइस खातिर अपील करत बानी जा आ संगे संगे जदि रउवा नजर में 2023 में कवनो अउरी भोजपुरी किताब प्रकाशित भइल बाड़ी स त ओह किताबिन के बारे में बतावल जाउ ।
Негізгі бет Ойын-сауық 56 New Books of Bhojpuri in 2023 । साल 2023 में भोजपुरी के 56 गो नया किताब । सुनील कुमार पाठक
Пікірлер: 5