क्रीस्टीन, पिछला 6 साल से छठ गीत गा रहल बाड़ी । क्रीस्टीन के गावल हर गीत आखर प लागल बा । संगीत आ फोटोग्राफी में रुचि राखे वाली 'क्रीस्टीन घेज्जो वेइस' मूल रुप से सेंट्स पीट्सबर्ग , फ्लोरिडा के रहे वाली हई , एह समय क्वींस , न्युयार्क में रहि रहल बाडी । क्लासिकल गीतन प काम करे वाली क्रीस्टीन अउरी भाषा में पहिले गा चुकल बाडी ।
सामान्य रुप से पिछला पांच साल में क्रीस्टीन के विडियो आखर के मिलल रहे बाकिर असो कुछ वजह विडियो ना मिल के आडियो मिलल ह ।
क्रीस्टीन के रउवा सभ युट्युब प फालो क सकेनी
/ cghezzo
आखर परिवार के सदस्य ' आदित्य प्रकास अनोखा ' जी के माध्यम से क्रीस्टीन के इ आडियो आखर के मिलल बा ।
Негізгі бет Ойын-сауық छठ गीत-2023 । Chhath Song-2023 | रिमझिम बूंदवा । क्रिस्टीन । USA |
Пікірлер: 5